शनिवार, 31 अक्टूबर 2009

भोजपुरी बनल दुनिया के सबसे बड़हन क्षेत्रीय भाषा : अब तक के सबसे ज्यादा देशन में देखल जाए वाला क्षेत्रीय भाषा के रियल्टी शो बनल " सुर-संग्राम"

पाय लागीं...............रउरा सब के शायद इ जानि के कम आश्चर्य ना होई की जब आज के एह दौर में हिन्दी जगत के तमाम टीवी चैनलन के बीच तरह-तरह के रियल्टी शो देखा के आपन टीआरपी बढ़ावे के होड़ लागल बा , ओही दौड़ में एगो क्षेत्रीय भाषा (भोजपुरी) के टीवी चैनल पर प्रसारित हो रहल संगीत के रियल्टी शो सबके पछाड़ रहल बा ! आजु की कुछे महीना पाहिले महुवा चैनल पर संगीत के एगो रियल्टी शो "सुर-संग्राम " के नाम से शुरू भईल आ देखते देखते सुर के इ संग्राम खाली भारते ना बल्कि दुनिया के तमाम देशन में आपन जगह बना लिहलस ! भारत की अलावा एह कार्यक्रम के दर्शक मारीशस , सूरीनाम,दुबई,त्रिन्दाद ,होलैंड आदि देशन में भी खूब सरहने ! सफलता के एकाहोगो मुकाम रचत ई कार्यक्रम अब अपना आख़िरी दौर में आ गईल बा ! एह लड़ाई के अंतिम दुगो सिपाही बाने यूपी के मोहन राठौर आ बिहार के आलोक सिंह ! एह कार्यक्रम में बतौर मेहमान भी एक से बढ़ के एक हस्ती पहुचने जेमे विख्यात बांसुरी वादक हरिप्रसाद चौरसिया , उदितनारायण , आनंद-मिलिंद, रविन्द्र जैन ,शारदा सिन्हा , भारत शर्मा आ कईगो फिल्मी कलाकार आदि बाडन ! सुर के ताज केकरा कपारे के शोभा बढ़ाई ई त अगिला शनिचर के पता चली लेकिन एगो बात के त खुशी बा की तमाम उपेक्षा की बाद भी भोजपुरी आपन परचम फहरा रहल बा ! हम त भगवान् से इहे मनौती करब की हमार भोजपुरी एहिंगा बरकत करे !..........जय भोजपुरी जय भारत